भोजपुरी चइता (डॉ. ज्ञानेश्वर गुंजन)

(चइता)

बीत गइले सँउसे फगुनवां हो रामा
पिया नाहीं अइलें…

भोरे – भोरे कुहुकेले कोइलरि सवतिया
छने- छने इयाद आवे उनके सुरतिया।
झर – झर झरेला नयनवां हो रामा
पिया नाहीं अइलें ……

नसे – नसे घोरे नासा चइती बयरिया
झूमि – झूमि घुंघरू बजावेले रहरिया।
गम – गम गमके सिवनवां हो रामा
पिया नाहीं अइलें ….

जरि जाला जिया देखि सूनी सेजरिया
लागे भकसावन अंगना – दुअरिया ।
काटे धावे खेत – खरिहनवां हो रामा….
पिया नाहीं अइलें …..

सहकल सरेहिया भइल उतपाती
मिल गइल मटिया में जोगवल थाती।
छछनल मोरे अरमनवाँ हो रामा
पिया नाहीं अइलें ..

बीत गइले सँउसे फगुनवां हो रामा …
पिया नाहीं अइलें

डॉ. ज्ञानेश्वर गुंजन (बेतिया, बिहार)

One Comment

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *